Sahityapedia
Sign in
Home
Search
Dashboard
Notifications
Settings
12 May 2024 · 2 min read

अपना गांव

केतना बदल गइल बा गांव”

घर घर संस्कृति शहर वाली लागल पसारे पाँव
एसी/कूलर के हवा में दब गइल बरगद के छाँव
समय के संगे केतना बदल गइल बा गांव !

न रहल पुरनका लोग, न रहल बात पुरनका
किस्सा-कहानी बन गइल, सगरी चीज़ निमन का !

नवका फैशन में टूट गइल, सब लाज हया के डोर,
भवे-भसुर, सास-ससुर के, रिश्ता भइल कमजोर !

मत पुछि त बढ़िया होइ, आज संस्कार के दाशा
अब त लड़िका मारे बाप के, देखे लोग तमाशा !

केहु का कही के, मन से अब निकले लागल डर
गाव में बाबू जी से पहिले ही, बेटी खोज ले वर !

बदलल चाल-चलन के साथे ही, भेस भूषा पहनाव
फूफा,फुआ ,काका,काकी, बिसरल सगरी नाव
समय के संगे केतना बदल गइल बा गांव !

सोहर, झूमर होरी के लोग, भूल गइल बा गीतिया
छूछे- छूछे बीत जाले छठ ,पीढ़िया,खर-जीउतिया !

बिरहा ,निर्गुन, चइता त सुने के खूब मन तरसे,
बाकिर अपने में बेसास लोगवा निकले नाही घर से !

प्रेम अउर भाईचारा में, हाकल डाइन लागल,
दोसरा के देख के जरे के डाह मन में जागल !

पहिले जेकर बतिया मन, में मिसरी के रस घोले
अब पता ना उहे लोगवा, काहे तुरहा जइसन बोले !

पर्व त्योहार में भी नइखे,अब पहिले जइसन भाव,
बिना मूँछ के लोगवा, मूँछ पर फेरत बाटे ताव
समय के संगे केतना बदल गइल बा गांव !

कट गइल सगरी बाग-बगीचा, मुस्मात भइल फुलवारी
शहर में बसे के सबके, धइले बा घनघोर बीमारी,
सुख गइल सगरी पोखरा-इनार, नहर भइल बियाबान
अपना दशा पर फफक- फफक के रोअत बा खलिहान !

गांव के लोगवा के ही आपन गांव ना निमन लागे,
खीर-पूड़ी, के छोड़ के लोगवा पिज़्ज़ा के पीछे भागे !

मट्ठा-छाछ के जगे पिये लोग पेप्सी कोला ठंडा
क्रिकेट के आगे मुहधोआ, हो गइल बा गुलीडंडा !

पिछला एक दसक में भइया, गज़ब भइल बा बदलाव
डिजिटल दुनिया के पड़ल बा, बहुत गहरा प्रभाव
समय के संगे केतना बदल गइल बा गांव !

अनिल आदर्श

Language: Hindi
1 Like · 179 Views
📢 Stay Updated with Sahityapedia!
Join our official announcements group on WhatsApp to receive all the major updates from Sahityapedia directly on your phone.
Books from अनिल "आदर्श"
View all

You may also like these posts

*संस्मरण*
*संस्मरण*
Ravi Prakash
!! चाहत !!
!! चाहत !!
जय लगन कुमार हैप्पी
प्रिय अर्धांगनी
प्रिय अर्धांगनी
ललकार भारद्वाज
दिल पर ठेस लगती है तो आवाज नही होती।
दिल पर ठेस लगती है तो आवाज नही होती।
Rj Anand Prajapati
भारत की वेदना
भारत की वेदना
ओनिका सेतिया 'अनु '
सुबह
सुबह
Neeraj Kumar Agarwal
35. शहर पुराना
35. शहर पुराना
Rajeev Dutta
श्रीकृष्ण का गीता उपदेश
श्रीकृष्ण का गीता उपदेश
पूर्वार्थ
शायरों के अल्फाजों को भी सिखना
शायरों के अल्फाजों को भी सिखना
Shinde Poonam
थोड़ा मसरूफ़ ही तो रहते हैं
थोड़ा मसरूफ़ ही तो रहते हैं
Dr fauzia Naseem shad
चित्त शांत नहीं
चित्त शांत नहीं
Ansh
कौन दिल बहलाएगा?
कौन दिल बहलाएगा?
सुशील भारती
कविता
कविता
Shiva Awasthi
प्रेम
प्रेम
Pratibha Pandey
चीरता रहा
चीरता रहा
sushil sarna
मैं लिखता हूँ कुछ सीखता हूँ,
मैं लिखता हूँ कुछ सीखता हूँ,
DrLakshman Jha Parimal
एक गल्ती ने सांवरे की, नजरों से गिरा दिया।
एक गल्ती ने सांवरे की, नजरों से गिरा दिया।
श्याम सांवरा
हां ख़ामोश तो हूं लेकिन.........
हां ख़ामोश तो हूं लेकिन.........
Priya Maithil
रखो भावना श्रेष्ठ
रखो भावना श्रेष्ठ
लक्ष्मी सिंह
बादलों की आवाज आई वह खड़ी थी वहां पर एक बूंद ऊस पर भी गि
बादलों की आवाज आई वह खड़ी थी वहां पर एक बूंद ऊस पर भी गि
अश्विनी (विप्र)
" इशारा "
Dr. Kishan tandon kranti
4709.*पूर्णिका*
4709.*पूर्णिका*
Dr.Khedu Bharti
*क्या देखते हो*
*क्या देखते हो*
DR ARUN KUMAR SHASTRI
यादों की तस्वीर
यादों की तस्वीर
Dipak Kumar "Girja"
दो अनजाने मिलते हैं, संग-संग मिलकर चलते हैं
दो अनजाने मिलते हैं, संग-संग मिलकर चलते हैं
Rituraj shivem verma
*मंगल मिलन महोत्सव*
*मंगल मिलन महोत्सव*
*प्रणय प्रभात*
डर के आगे जीत है!
डर के आगे जीत है!
Jaikrishan Uniyal
किया आप Tea लवर हो?
किया आप Tea लवर हो?
Urmil Suman(श्री)
नारी कब होगी अत्याचारों से मुक्त?
नारी कब होगी अत्याचारों से मुक्त?
कवि रमेशराज
महाशिवरात्रि
महाशिवरात्रि
Neerja Sharma
Loading...