आइना बदल लेला से सूरत ना बदली.

आइना बदल लेला से सूरत ना बदली.
आँख मूँद लेला से ज़रूरत ना बदली
हर काम आपन बस समय से करी,
रउवा खातिर कौनों मुहूर्त ना बदली
केतनो जान कटायेम हितइ में लेकिन,
कुछ लोग बा जेकर फ़ितरत ना बदली
लागत बा इ पूरा उमिर संघर्षे मे जाई,
भाई हो एह मेहनत से किस्मत ना बदली.
-नूरैन अंसारी