Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
5 Jul 2021 · 1 min read

कहिया ले सुनी सरकार

कहिया ले सुनी सरकार
■■■■■■■■■■■■■■
कहिया ले सुनी सरकार बतलाईं
कहिया ले सुनी सरकार

रोजी बाटे ना रोटी बा घर में
माँगत भीखि लोग जा के नगर में
लिहलें कटोरा हजार बतलाईं-
कहिया ले सुनी सरकार
कहिया…

उपाजे अनाज आ रही जा उपासे
ना कबो किसानन के सुख चढ़े बासे
कि सुने ना केहू पुकार बतलाईं
कहिया ले सुनी सरकार
कहिया…

अपने दवाई करावें विदेश में
राजा त राजा बा जनता कलेश में
जिनिगी भइल बाटे भार बतलाईं-
कहिया ले सुनी सरकार
कहिया…

– आकाश महेशपुरी
दिनांक- 28/10/2020

Loading...