Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
11 Jul 2021 · 1 min read

कैसे घूमन जइबू बजारे में सांवरिया

कैसे घूमन जइबू बजारे में सांवरिया
बीमरियां घेर आइल अबकी

हम ले आइब जवन तूंहै चाही
कोरोना मचवले बा हर ओर तबाही
तनि सबर करा हमरो गुजरिया
बीमरियां घेर आइल अबकी
कैसे घूमन जइबू बजारे में सांवरिया
बीमरियां घेर आइल अबकी

तब रहल कटप्पा छाइल
अब कोरोना के कप्पा आइल
गर्मी से कटत नइखे अब तीजहरिया
बीमरियां घेर आइल अबकी
कैसे घूमन जइबू बजारे में सांवरिया
बीमरियां घेर आइल अबकी

हर ओर खबर बा छाइल
डेल्टा वैरिएंट बा आइल
सब ओर सुनाता अनहोनी के खबरिया
बीमरियां घेर आइल अबकी
कैसे घूमन जइबू बजारे में सांवरिया
बीमरियां घेर आइल अबकी
-सिद्धार्थ गोरखपुरी

Loading...