भोजपुरी गीत ” ख्वाब “
भोजपुरी गीत” ख्वाब ”
———————————————–
कजरा बन के तू अखियां मे बस जइता
खुशबू बनके तू संसियॉं मे बस जइता
रात दिन देखी तोहरे सपनवऻ सजन
आ के हमरो करेजा में धस जइता -2!
कजरा बन के तू अखियां मे बस जइता!!
देख ले बानी तोहे जबसे हमहू पिया
चैन बाटे न दिल में करार पिया
कइले बानी इ सोलह सिंगार सजन
आ के हमरो करेजा में धस जइता !
कजरा बन के तू अखियां मे बस जइता!!
जब-जब सूतीला तोहरि सुरतीया दिखे
हमरी देहिया पे नेहिया के नाशा चढे
इ पिरितिया के चटनी चटइता सजन
आ के हमरो करेजा में धस जइता !
कजरा बन के तू अखियां मे बस जइता!!
इ जिनगी ह तोहरे ला तोहपे लुटाई
इ मन्गियॉ के सेनुरा हम तोहके बनाईब
रहतअ सातों जनम खाली हमरो सजन
आ के हमरो करेजा में धस जइता -2!
कजरा बन के तू अखियां मे बस जइता!!
********************************
सत्येंद्र प्रसाद साह ( सत्येंद्र बिहारी )
********************************