परधानी चुनाव के मजा , दोसर कवनो चुनाव में ना मिली
परधानी चुनाव के मजा , दोसर कवनो चुनाव में ना मिली
बड् चुनाव में बड़के लोगवा लोकि लोकि के खाला
परधानी में छोटका बड़का सगरी लोग अँघाला
भरल रहेला पेट दिनोभर चाय पकौड़ी खाके
गुटखा भा सीगरेट,पान सब बाटे मिलत दबाके
चिन्टू कहत हवन पिन्टू से लS जाके अजमाई
प्रत्याशिन से जवनें मँगँबS तवन आज मिलि जाई
दिन भर दावत कटी रात में बँटी बनारसी साड़़ी
कतहीं जइबS छूटा बाटे प्रतयासिन के गाडी़
लगभग रोज होत सँझलौके घर-घर चिकन बँटाजा
मुर्गा वाला चिकन बेंचिके हो जालें कुल राजा
हर घरवे में बँटा रहल बाटे दारू पर दारू
बाप कहें बेटा से बइठू तेंहूँ तनिका मारू
अइसे तS दारू के भट्ठी पर बा रोज झमेला
बाकी परधानी में जमघट बाटे ठेलमठेला
बसागइल बाटे दारू से हर गँउवे हर टोला
पियकड़वन के नया निकासी परधनिये में होला
बहुत लोग बा फुर्मावत बकरा के मिलो करेजी
मजा न बा देसी में अवधू बँटल करो अँगँरेजी
ज्यादेतर वोटर सोचें अउरी चुनाव टरि जाइत
मजा रहित जब परधानी हर साल लड़ावल जाइत
अवध किशोर ‘अवधू’
मोबाइल नंबर 9918854285
दि.12-01-2025