पहिला चिट्ठी
कवना धड़कत
दिल से हम
लिखनी तहके
पहिला चिट्ठी….
राम जाने का
हमपर बीती
पाके तहसे
पहिला चिट्ठी…
तू ‘हां’ लिखअ
या ‘ना’ लिखअ
मुश्किल बाटे
हमार बचल
पागल हमके
होखहीं के बा
पढ़के तहार
पहिला चिट्ठी…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
(A Dream of Love)