Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
24 Nov 2025 · 1 min read

बिना ज्ञान के जिनगी नरक बा

बिना ज्ञान के जिनगी नरक बा
गीत
सुनीं सभे घुरहू के नारी
करे रोज जाली बनिहारी
रुपिया भले कमाली बाकिर
ज्ञान बिना बाटे लाचारी

लडि़कन के ना तनिक पढा़वें
सबसे मजदूरी करवावें
सुर्ती,बींडी़,मदिरा टानें
बिन गुटखा के तनिक न मानें
बेटी अउर पतोह सभन के
ई सब लकम धरावत बाडी़–ज्ञान बिना बाटे लाचारी

बाहर घूर ठेंठावल जाता
आपन घर नाहीं बहराता
माछिन के भिनकावल जाता
काँचे भात बनावल जाता
आपन काम करें ऊ अइसे
जइसे ई हउवे बेगारी –ज्ञान बिना बाटे लाचारी

उनकर यदि लडि़का पढि़हेसन
अपनो काम सजी करिहेसन
घर,आगँन,सब रहित सफाई
घर भर रोजो लीत नहाई
नसा कइलको छुटि जाइत तब
लक्षमी रहिती डेरा डारी –ज्ञान बिना बाटे लाचारी

अवध किशोर ‘अवधू’
मोबाइल नम्बर 9918854285
दिनांक . 23-11-2025

Loading...