Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
20 Aug 2023 · 1 min read

#काहे_ई_बिदाई_होला_बाबूजी_के_घर_से?

#काहे_ई_बिदाई_होला_बाबूजी_के_घर_से?
_______________________________

सेनुरा के संङ्गे नाता छुटे नइहर से,
काहें ई विदाई होला बाबूजी के घर से?
टूटि जाला रिश्ता – नाता माई के आचर से,
काहे ई बिदाई होला बाबूजी के घर से?

एके कोखि जामल जब बेटवा आ बेटिया ,
एगो रहे घरे एगो भइल परदेशिया।-२
टूटि जाला काहे डाली अपने शजर से,
काहे ई बिदाई होला बाबूजी के घर से?

जनमे से नाता रहे बाबूजी आ माई से,
खुनवा के नाता काहे टूटेला बिदाई से?-२
छुटे जनमे के बंधन काहे नइहर से,
काहे ई बिदाई होला बाबूजी के घर से?

सोचतऽ सचिन बनल अजबे नियमऽ बा।
हियरा में हूक भरल, अँखियो तऽ नमऽ बा।-२
आमावा जुदाई काहे सहेला मोजर से,
काहे ई बिदाई होला बाबूजी के घर से?

✍️ संजीव शुक्ल ‘सचिन’ (नादान)

Loading...