Sahityapedia
Sign in
Home
Search
Dashboard
Notifications
Settings
15 Jun 2022 · 2 min read

लिट्टी छोला

पडरौना के एगो कवि सम्मेलन से हम आ हमार कवि मित्र अवधकिशोर अवधू जी लवटल रहनी जाँ। हमनी के भूख तऽ ना रहे बाकिर कवनो चटपटा व्यंजन के खूशबू जब नाक के जरिये मस्तिष्क में पहुँचल तऽ मन आ जीभ दूनू चटपटाये लागल। अवधू जी कहनी कि ‘ये आकाश जी! चलीं कहीं लिट्टी छोला खाइल जा!’ हम कहनी ‘रउवा से हमहूँ इहे कहल चाहत रहनी हईं।’ हम मोटरसाइकिल एगो लिट्टी चोखा के दोकान के सामने रोक दिहनी। दूनू जाने दोकान में जा के देखनी जाँ तऽ लिट्टी ठंड्हा गइल रहे। अवधू जी कहनी कि ‘रुकीं हम दोसर दोकान देख के आवत बानी।’ कुछ देर बाद ऊहाँ के एगो दोकान देख के अइनी आ कहनी कि ‘चलीं होइजा खाइल जा। काहें कि ओइजा बड़ी भीड़ बा, लोग खाये खातिर तारा-उपरी चढ़ल बा। जरूर बहुते स्वादिष्ट लिट्टी छोला खिआवत होई।’
दूनू जाने वो दोकान पर पहुँच गइनी जाँ बाकिर अन्दर बइठे के तनिको जगहि ना रहे। खाये खातिर अपना बारी के लोग इन्तजार करत रहे, हमनियो के पन्दरे बीस मिनट खड़ा रहेके परल। येह दौरान हमनी के जीव एकदमे चटपटा गइल रहे। आखिरकार जब अवधू जी कई बार कहनी कि ‘हमनी के एकहन पलेट दे दऽ हमनी के येहिजा खड़े खड़े खा लेब जाँ।’ तब जा के कुछ देर बाद हमनी के नसीब में लिट्टी छोला आइल, बाकिर अफसोस कि पहिला चम्मच मुँह में डालते बेहतरीन स्वाद के कल्पना धराशायी हो गइल। छोला में येतना तेल मसाला आ मरिचा रहे कि पूरा मुँह भाम्हाये लागल। अब पछतइला से का होइत, कवनो तरे सुसकार सुसकार के सधवनी जाँ आ मजबूरी में आरो के बोतल में रखल बदबूदार पानी पिअनी जाँ। अइसन हतेयार छोला रहे कि मुँह से ले के पेट तक ले धँधोर फूँकि दिहलस। अवधू जी दोकानदार के पइसा तऽ दे दिहनी, बाकिर हमरा मन में एके गो सवाल गूँजत रहे कि जब येइजा के छोला कवनो गत के नइखे तऽ आखिर येतना भीड़ काहें बा? जब बरदास ना भइल तऽ हम दोकानदार से पुछिये दिहनी कि ‘तहरी दोकान पर येतना भीड़ काहें बा भाई!’ जवाब मिलल- ‘ई सब बुलडोजर बाबा के आशिर्वाद हवे। जहिया से मेन रोड के दूनू बगल के खाये पिये वाला दोकान तुराइल बाड़ी सन तहिये से हमनी के बिक्री कई गुना बढ़ गइल बा।’

संस्मरण- आकाश महेशपुरी
दिनांक- 05/06/2022

1030 Views

You may also like these posts

पाती
पाती
डॉक्टर रागिनी
लौटकर आओगे जब...
लौटकर आओगे जब...
श्रीहर्ष आचार्य
3913.💐 *पूर्णिका* 💐
3913.💐 *पूर्णिका* 💐
Dr.Khedu Bharti
सिंहावलोकन
सिंहावलोकन
आचार्य ओम नीरव
मनुष्य को
मनुष्य को
ओंकार मिश्र
SP54सम्मान देने वालों को
SP54सम्मान देने वालों को
Manoj Shrivastava
ॐ
सोलंकी प्रशांत (An Explorer Of Life)
शामें किसी को मांगती है
शामें किसी को मांगती है
Surinder blackpen
गणपति संगै रहबै यौ
गणपति संगै रहबै यौ
उमा झा
इंतज़ार के दिन लम्बे हैं मगर
इंतज़ार के दिन लम्बे हैं मगर
Chitra Bisht
सफलता का जश्न मनाना ठीक है, लेकिन असफलता का सबक कभी भूलना नह
सफलता का जश्न मनाना ठीक है, लेकिन असफलता का सबक कभी भूलना नह
Ranjeet kumar patre
लोकतन्त्र के हत्यारे अब वोट मांगने आएंगे
लोकतन्त्र के हत्यारे अब वोट मांगने आएंगे
Er.Navaneet R Shandily
जिसे सुनके सभी झूमें लबों से गुनगुनाएँ भी
जिसे सुनके सभी झूमें लबों से गुनगुनाएँ भी
आर.एस. 'प्रीतम'
Sometimes goals are not houses, cars, and getting the bag! S
Sometimes goals are not houses, cars, and getting the bag! S
पूर्वार्थ
ज़ख्म आज भी
ज़ख्म आज भी
हिमांशु Kulshrestha
जुदाई के रात
जुदाई के रात
Shekhar Chandra Mitra
🚩साल नूतन तुम्हें प्रेम-यश-मान दे।
🚩साल नूतन तुम्हें प्रेम-यश-मान दे।
Pt. Brajesh Kumar Nayak / पं बृजेश कुमार नायक
नयी कविता
नयी कविता
प्रदीप कुमार गुप्ता
आज भी मुझे मेरा गांव याद आता है
आज भी मुझे मेरा गांव याद आता है
Praveen Sain
*मुझे गाँव की मिट्टी,याद आ रही है*
*मुझे गाँव की मिट्टी,याद आ रही है*
sudhir kumar
Dr Arun Kumar shastri
Dr Arun Kumar shastri
DR ARUN KUMAR SHASTRI
लोकतंत्र बस चीख रहा है
लोकतंत्र बस चीख रहा है
अनिल कुमार निश्छल
माहिया - डी के निवातिया
माहिया - डी के निवातिया
डी. के. निवातिया
🧟‍♂️मुक्तक🧟‍♂️
🧟‍♂️मुक्तक🧟‍♂️
*प्रणय*
तुम्हारी आँखें।
तुम्हारी आँखें।
Priya princess panwar
राजस्थान
राजस्थान
Anil chobisa
बहुत दागी यहाँ पर हैं
बहुत दागी यहाँ पर हैं
आकाश महेशपुरी
*भगत सिंह हूँ फैन  सदा तेरी शराफत का*
*भगत सिंह हूँ फैन सदा तेरी शराफत का*
सुखविंद्र सिंह मनसीरत
*रखिए जीवन में सदा, उजला मन का भाव (कुंडलिया)*
*रखिए जीवन में सदा, उजला मन का भाव (कुंडलिया)*
Ravi Prakash
के उसे चांद उगाने की ख़्वाहिश थी जमीं पर,
के उसे चांद उगाने की ख़्वाहिश थी जमीं पर,
डॉ. शशांक शर्मा "रईस"
Loading...