Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
3 Jul 2021 · 1 min read

मिलल गर नैन चाहत बा जरूरी

जहां में जी मुहब्बत बा जरूरी।
मिलल गर नैन चाहत बा जरूरी।

अदा दिखला रिझाई रोज दिल के,
मुहब्बत मे शरारत बा जरूरी।

बड़ा मुद्दत भइल हियरा लगवले,
मिले दिलदार किस्मत बा जरूरी।

मुहब्बत के बचा लीं वायरस से,
चलीं जागीं हिफाज़त बा जरूरी।

तकाजा हो गइल उनका खुशी के,
मुहब्बत में शहादत बा जरूरी।

अमानत में खयानत ठीक नइखे,
करीं गलती नदामत भी जरूरी।

सचिन बस ख्वाब देखल ठीक नइखे,
व़फा जइसन इबादत बा जरूरी।

✍️ पं.संजीव शुक्ल ‘सचिन’

Loading...