Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
25 Jan 2022 · 1 min read

बानी बेरोजगार हमके रोजगार चाही।।।।

बानी बेरोजगार हमके रोजगार चाही,
देश मे युवा के खोजदार चाही,

मैट्रिक कइनी इंटर कइनी B.Sc 17 के पास हई
देह से करिया बानी लेकिन दिल के साफ हई,

माई,बाबू पुछेला कब ले बबुआ,पढ़ब,
का हमनी के जीवन मे तू नोकरी करब

आंख भर आवेला जब अइसन उ पुछेले
हमरो दरद कबो-कबो हमर माई-बाबू,बुझेलें

दिआईल इक्जाम कवगो ओकर रिजल्ट अभी पेंडिंग ब
का कहि ऐ बबुआ M.sc करके चलत काम वेल्डिंग बा

रात में पढ़ाई होला,दिन में वेल्डिंग चलेला
ऊपर से ई गरीबी आउरी हमके रेलेला

अइसन हमरे हाल नइखे केतनन के हाल बेहाल बा
ऊपर,नीचा,आगे,पीछे करके चलत आपन चाल बा

हाथ जोड़ विनती करब हम ई सरकार से
जल्दी से निपटी हमनी जस बेरोजगार से

हमनी के जीवन ना मोजदार चाही
बानी बेरोजगार हमके रोजगार चाही,

Ntpc exam पीड़ित युवा की कलम से

#सूरज कुशवाहा#

Loading...