हिंदू आ मुसलमान।
हिंदू आ मुसलमान।
-आचार्य रामानंद मंडल
सुरुज हिंदू के
आ चान मुसलमान के
केसरिया हिंदू के
आ हरियरका मुसलमान के।
पूरब हिंदू के
आ पच्छिम मुसलमान के।
गंगा हिंदू के
आ जमजम मुसलमान के।
काशी हिन्दू के
आ कावा मुसलमान के ।
मंदिर हिंदू के
आ मस्जिद मुसलमान के।
ईश्वर हिंदू के
आ अल्लाह मुसलमान के।
समसान हिंदू के
आ कब्रिस्तान मुसलमान के।
आबि बांटि सकबे
आ धरती आकाश के।
आबि बांटि सकबे
आ पानी हवा के।
आबि बांटि सकबे
सुरुज के गरमी के।
आबि बांटि सकबे
चान के चांदनी के।
आबि बांटि सकबे
आगि के तपिस के।
आबि बांटि सकबे
इंसान के इंसानियत के।
स्वरचित @सर्वाधिकार रचनाकाराधीन।
रचनाकार -आचार्य रामानंद मंडल सामाजिक चिंतक सह साहित्यकार।