**बुद्धि से अब काम लीं**
**************************
लाख आफत सामने बा,बुद्धि से अब काम लीं।
बा सहारा के जरूरत ,हाथ जाके थाम लीं।।१।।
आन से बा आन के का,का करबि ई जानि के,
जेकरा से बा गरज अब , ओकरा से काम लीं।।२।।
ना भलाई के ज़माना , बा इहां पर आज कल,
प्रीत बा नीलाम होखत,दाम दीं भा दाम लीं।।३।।
राति-दिन मूवल इहॉं पर,ठीक नइखे बेवजह,
ध्यान राखीं देहिं-जाङॅंर,एक छन आराम लीं।।४।।
छोड़ि के सब एक दिन बा चलि इहाॅं से दी सभे,
तब फिकिर कइसन अरे अब,राम जी के नाम लीं।।५।।
**माया शर्मा, पंचदेवरी, गोपालगंज (बिहार)**