बाकी सब कुछ चंगा बा
राजा इहां के
नंगा बा
बाकी सब कुछ
चंगा बा…
(१)
अदालत बा
खाली नाम के
मीडिया ना
कवनो काम के
सगरी संस्थान
बेचाइल जाता
एक-एक करके
बिना दाम के
माफिया बढ़ावत
धंधा बा
बाकी सब कुछ
चंगा बा…
(२)
आम जनता में
हाहाकार
बात-बात पर
अत्याचार
अब दिन दहाड़े
हो रहल बा
हत्या औरी
बलात्कार
जात-धरम के
दंगा बा
बाकी सब कुछ
चंगा बा…
(३)
अमीरका से
विज्ञान तअ
तकनीकी मांगे
जापान से
ले जाता
देश के अपना
रस्ता पर
पाकिस्तान के
ई अंतरराष्ट्रीय
भीखमंगा बा
बाकी सब कुछ
चंगा बा…
(४)
राजनीति के गंदा
खेल में
मासूम लोग सड़े
जेल में
बद से बदतर
भईल जाता
हालत ये ठेलम-
ठेल में
खाकी में घूमत
गुंडा बा
बाकी सब कुछ
चंगा बा……
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#FarmersProtest #adiwasi
#bhojpurilyricist #जनवादी
#राजनीतिक #गीत #politics #लूट
#bollywood #गीतकार #सामाजिक
#songs #lyricist #निजीकरण