प्यार के मतलब मां
अइसन दोसर कहां होखेला
प्यार के मतलब मां होखेला…
(१)
केतना गलती करेला बच्चा
बाकिर सगरी क्षमा होखेला…
(२)
होखेला जवन ओकरा दिल में
बिना कुछ कहले बयां होखेला…
(३)
दवा होखेला मार भी ओकर
ओकर डांट भी दुआ होखेला…
(४)
मना करे चाहे बात-बात पे
ओकर ना में भी हां होखेला…
(५)
खाली ना होला ओकर बटुआ
केतना ममता जमा होखेला…
(६)
मन भटकेला जवना ख़ोज में
अटूट इहे रिश्ता होखेला…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#मातृ_दिवस #सच्चाप्यार #सच्ची_दोस्ती
#मदर्स_डे #प्रेमी #प्रेमिका #दोस्त #मित्र
#रिश्ते #ब्रेक_अप #धोखा #वफादारी #दर्द
#बेवफाई #प्रार्थना #बलिदान #त्याग #प्रेम
#mothersday #motherhood #ममता
#आदर्श_प्रेम #truelove #friendship