झूमका
ई झूमका
ई झूमका तहरा
कान के
दुश्मन बा
दुश्मन बा हमरा
जान के…
(१)
तनी एसा
तनी एसा फेरअ
मुंह एने
बइठल बानी
बइठल बानी दिल
थाम के…
(२)
कुछ देर
कुछ देर सामने
खड़ा रहअ
हमार कहना
हमार कहना अब
मान के…
(३)
ताकि पूरा
ताकि पूरा कर लीं
प्रेम के
हम अपना
हम अपना अधूरा
गान के…
(४)
बनल रहो
सदा बनल रहो
चमक एकर
का गरज
का गरज इहां बा
चान के…
(५)
करके छोड़बू
करके छोड़बू
पागल हमके
आइल बाड़ू
आइल बाड़ू का
ठान के…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
(Credit-Sainny Ashesh)
#गीत #bhojpuri #गीतकार #कवि
#शायर #भोजपुरी #lyricist #poetry
#Romantic #dream #girl #beauty
#films #bollywood #lyrics #रोमांटिक