जियरा जरेला दिन-रैन
दियरा जरेला बस रैन
हो रामा
जियरा जरेला दिन रैन…
(१)
परसों के कहके
बरसों ना अईले
रो-रो करेला केहू बैन
हो रामा
रो-रो करेला केहू बैन…
(२)
दवा करके देखनी
दुआ करके देखनी
तब्बो ना आवेला चैन
हो रामा
तनको ना आवेला चैन…
(३)
जहां-जहां पहिले ऊ
मिलत रहले हमसे
छिनमिन जोहेला उनके नैन
हो रामा
छिनमिन जोहेला उनके नैन…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#मीरा #राधा #गोपी #विरह #वियोग
#कृष्ण #प्रेम #sad #song #lyricist
#lyrics #bollywood #दर्द #दीवानी