ज़िंदगी नरक बा इहां
अमीर औरी गरीब में
केतना फरक बा इहां
आम जनता खातिर तअ
ज़िंदगी नरक बा इहां…
(१)
बिना इलाज़ के रोगी
रोजो मरत बा इहां
आम जनता खातिर तअ
ज़िंदगी नरक बा इहां…
(२)
मीडिया सांच बतावे में
आज डरत बा इहां
आम जनता खातिर तअ
ज़िंदगी नरक बा इहां…
(३)
जात-धरम के नाम पर
लोग लड़त बा इहां
आम जनता खातिर तअ
ज़िंदगी नरक बा इहां…
(४)
मंतरी से संतरी ले
जुलुम करत बा इहां
आम जनता खातिर तअ
ज़िंदगी नरक बा इहां…
(५)
पूरा के पूरा सिस्टम
देखअ सड़त बा इहां
आम जनता खातिर तअ
ज़िंदगी नरक बा इहां…
(६)
बाबा साहेब के सपना
ज़िंदे जरत बा इहां
आम जनता खातिर तअ
ज़िंदगी नरक बा इहां…
(७)
देश लूटके तिजोरी
सेठ भरत बा इहां
आम जनता खातिर तअ
ज़िंदगी नरक बा इहां…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#india #hospital #CITY #गांव #जनवादी
#अवाम #आमआदमी #शहर #public #गीतकार