चिट्ठी पहुंचे भगतसिंह के
सरदार भगतसिंह
देख लअ आके
देसवा के एक बार…
(१)
पूंजि-पतियन के
दलाल बनल बा
आजकल के सरकार…
(२)
जनता सही तअ
केतना सही
महंगाई के मार…
(३)
निजी-करण के
रूप में कइसन
होखेला खिलवाड़…
(४)
खबर के नाम पर
कचरा परोसे
टीवी औरी अखबार…
(५)
नवका पीढ़ी
डिगरी लेके
भटकेला बेरोजगार…
(६)
चैन के रोटी
खाए ना देला
बहिनन के
हाहाकार…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#गीत #bollywood #song
#सियासत #राजनीति #अवाम
#महंगाई #बेरोजगारी #लाठीचार्ज
#lyricist #bhojpuri #singer
#BhagatSingh #patriotic