चाय वाला चाचा(भोजपुरी)
चाय वाला चाचाsssss
चाय वाला चाचा तनी चटनी चटाई द
चहिया नमक डाली चीन के चिखाई द
बासठ वाला भारत ना ह चीन दिखाई द
चाय वाला चाचा तनी चटनी चटाई द…
चिनी वाला चाय रही त s, चुटी लगबे करीहें
चिनी के मिठास खातिर, चाय चटबे करीहें
जनता कहेले तनी नमक मिलाई द
नमक वाला चाय तनी चीन के पिलाई द
चाय वाला चाचा तनी चटनी चटाई द…..
जनता गुस्साईल बाटे, तुहु अब गुस्सा जा
चीन संगे रिश्ता तोड़ी, दम के दीखा जा
चीनी उत्पाद रोकी जनता के मनाई द
करे बहिष्कार लोग तुहु करवाई द
चाय वाला चाचा तनी चटनी चटाई द…
सेनवन के जोश के बखान लोग करेला
बिर बहादुर के सलाम लोग करेला
वीरगति विरवन के अमर बनाई द
सेना के सहादत के हिसाब तु दिलाई द
चाय वाला चाचा तनी चटनी चटाई द…
By – कुंदन सिंह बिहारी
Note – चाय के मिठास- भारतीयों का सहन करने की क्षमता है।