चांद से गुज़ारिश
ऐ चान, तनी तू भेजअ ना
धरती पर हमरा चान के
विरहा के अमावस में गरहन
लागल बा हमरा जान के…
(१)
सुनेनी जब कोईलर के कूक
उठेला ना जाने कइसन हूक
देखेनी जब प्रेमी-जोड़ा के
रह जानी कलेजा थाम के
विरहा के अमावस में गरहन
लागल बा हमरा जान के
ऐ चान तनी तू…
(२)
कहीं ना कहीं तअ केहू होई
जे हमरा खातिर बनल होई
तू ओकरे लगे अब पहुंचा दअ
चिठ्ठी एगो हमरा नाम के
विरहा के अमावस में गरहन
लागल बा हमरा जान के
ऐ चान तनी तू…
(३)
बचपन से बेर-बेर सपना में
आवेला केहू हमरा अंगना में
हम जीअत अबले चल अइनी
ओकरे के आपन मान के
विरहा के अमावस में गरहन
लागल बा हमरा जान के
ऐ चान तनी तू…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#बॉलीवुड #फनकार #ड्रीमगर्ल #चांद
#सिनेमा #परदेशी #love #lyricist
#dreamgirl #गीतकार #कवि #शायर
#चंद्रमा #प्रेमी #आशिक #विरह #moon