खेसारी लाल बानी
माटी के लाल बानी,
बढ़त हम कमाल बानी,
भोजपुरी जेकर माई बा,
मेहनत से जेकर सगाई बा,
जे जिए-मरे संगीत में,
जेकर दिल धड़के गीत में,
जे काम प, काम प, काम करे
जेकर पसीना भी आज नाम करे
हम दिल्ली के लिट्टी-चोखा हई,
बेशरमन के ख़ातिर मौक़ा हई,
हम कांट हई कई आँखों के,
जाल बिछल बा हर शाख़ों पे,
हर तीर सहल जाई छाती पे,
कायरन का लड़ी अगाती पे,
आँखों में आँख से चीर देनी,
धधकत चिंगारी लाल बानी,
देह पिता से जनता से पहचान,
होली के सुगंधित गुलाल बानी,
मरघट के चिरांध धुआँ सुन,
सुन! हम खेसारी लाल बानी!!!