केइसन रामराज
वाह नेताजी वाह
कमाल कईनी रउरा
धोतिया के फाड़के
रूमाल कइनी रउरा…
(१)
सपनवा देखा के
हमनी के अच्छा दिन के
देशवा के सगरी
कंगाल कइनी रउरा…
(२)
अपने तअ जीएनी
केतना ठाट-बाट से
किसान-मजदूर के
बेहाल कइनी रउरा…
(३)
चौकीदार बनके
लोभी पूंजिपतियन के
मासुम जनता के
हलाल कइनी रउरा…
(४)
लोग के उलझाके
मंदिर-मस्जिद में
चुनाव जीते खातिर
बवाल कइनी रउरा…
(५)
क़ानून-बेवस्था के
धज्जी उड़ाके
केइसन रामराज
बहाल कइनी रउरा…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#जनवादीगीतकार #बहुजनशायर
#अवामीशायर #DalitLivesMatter