बेरोजगार आशिक
![](https://cdn.sahityapedia.com/images/post/57c53ac03b0cad5fbe2cf3698ea41b26_5c05a88301dfeb88f7a61ea2a0c16c30_600.jpg)
अब कवनो अच्छा घर के हमके
जब छोकरिए नइखे मिले वाला!
पढ़ला-लिखला से का फायदा
जब नौकरिए नइखे मिले वाला!
हम चाहे जेतना चुन लीं इहां
इल्म औरी हुनर के फूल बाकिर!
ओकरा के रखे लायक कवनो
अब टोकरिए नइखे मिले वाला!
#bhojpuri #job #निजीकरण #बेरोजगार_आशिक #love #काम #privatisation #नौकरी #हक