बात तनिक ह हउवा जादा
![](https://cdn.sahityapedia.com/images/post/051bece7f82ead1064a1e9209133d6ad_801512a1f8f88cff82f3783eaf02ee9c_600.jpg)
बात तनिक ह हउवा जादा
लोग बनल ह कउवा जादा
हाल बुरा बा चुल्हानी के
रोटी से ह तउवा जादा
घर मे अन्न के दाना नइखे
गांव गांव में चउवा जादा
बाप बेचारा चुप बइठल ह
बोलत बा बचवउवा जादा
इनके सगरो चिक्कन लागी
ले ले हउवन पउवा जादा
राजनीत के खेल में आसी
देस बनल ह बउवा जादा
——————————–
सरफ़राज़ अहमद आसी यूसुफपुरी