Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
11 Sep 2021 · 1 min read

गौरा के ललना

आवे न रउरे बिना चैना
गौरा के ललना।-२
ये हो गौरा के ललना ,
ये हो गौरा के ललना।
आवे न रउरे बिना चैना
गौरा के ललना।
दर्शन जब आपके पाइब।
लडुअन के भोग लगाइब।-२
दिन होखे चाहे होखे रैना,
गौरा के ललना।
आवे न रउरे बिना चैना
गौरा के ललना।
मस्तक सोहेला चंदन।
हम करी राउर वंदन।-२
किरपा मोपर प्रभु करना,
गौरा के ललना।
आवे न रउरे बिना चैना
गौरा के ललना।
कंधवा जनेऊ साजे।
संग ऋद्धि-सिद्धि विराजें।-२
मूसक सामने देले धरना,
गौरा के ललना।
आवे न रउरे बिना चैना
गौरा के ललना।
-सिद्धार्थ गोरखपुरी

Loading...