सोनपरी गुड़िया ( भोजपुरी लोरी )
ला ल ल ला…ला ल ल ला
सोनपरी हमार गुड़िया निराली हऊ
हमरे खातिर त तू खुशियन क ताली हऊ
ला ल ल ला….
नन्ही चिरैया तू हमार जहान बा
तोहरे उपर त हमार जान निसार बा
सोनपरी हमार गुड़िया निराली हऊ
हमरे खातिर त तू खुशियन क ताली हऊ
ला ल ल ला….
हँसी तोहार जइसे मिठाई क दुकान बा
रोये लू जब तू त निकलल पराण बा
सोनपरी हमार गुड़िया निराली हऊ
हमरे खातिर त तू खुशियन क ताली हऊ
ला ल ल ला….
नींदिया रानी आके तोहरे पलकन के मुंदत बा
सुतल में तोहार मुँह देवी मतीन लगत बा
सोनपरी हमार गुड़िया निराली हऊ
हमरे खातिर त तू खुशियन क ताली हऊ
ला ल ल ला….
सुत जालू जब हमके चैन मिल जात बा
अखियाँ हमार तोके देखा नजरियात बा
सोनपरी हमार गुड़िया निराली हऊ
हमरे खातिर त तू खुशियन क ताली हऊ
ला ल ल ला….
स्वरचित एवं मौलिक
( ममता सिंह देवा , 02/07/2020 )