सीमवा पे डटल हवे, हमरे भैय्या फ़ौजी
संदेशा हमरा के, मिलल बाटे, खास हो
सगरों मनसा, पूराई तोहर, आश हो
सरहद से, आईल बाटे, भैय्या के तार हो
दुश्मन के ढेर करे, सीमवा के पार हो
भैय्या के छुट्टी एसो, मिलल बाडे भौजी
सीमवा पे डटल हवे, हमरे भैय्या फौजी
सीमा पे गूँजे, माँ भवानी के, जयकारा
माथे पे तिरंगा बांधे, वन्देमातरम् नारा,
वतन के दीवाना, खेले मऊत से चोली
दूनो तरफ से चले, सीमवा पे गोली
खबर सुनके मनवा, भईल मन मौजी
सीमवा पे डटल हवे, हमरे भैय्या फौजी
दुई सप्ताह में, सरहद से अईहैं भईया
अँगुली पर दिन देखा, गिन-तारे मईया
बाबू जी, सुनके देखा, छाती करे दूना
दीदियाँ के, खुशी हमरे, भईल चार गुना
बना के खिलाई फुआ, करैली के कलौजी
सीमवा पे डटल हवे, हमरे भैय्या फौजी
आईल जवार में हव, फऊजी के टोली
खईले सिपाही देखा, शीनवा पे गोली
गऊवा में, आग जईसन, फईलल खबरिया
तिरंगा में लिपटल शव, आईल दुवरिया
सरहद पे भैय्या, शहीद भईले भौजी
सीमवा पे डटल रहले, हमरे भैय्या फौजी
दुख के कहर बरसल, टूटल पहाड़ हो
घरवा के फौजी भईया, रहने आड हो
निछावर कई देहने, देशवा पे जान हो
तिरंगा में लिपट के, चल जईहैं श्मशान हो
बदला के आग लेवे, बन के जईबे फौजी
सीमवा पे डटल रहले, हमरे भैय्या फौजी