सपना वाली लड़की
राम जाने हम काहां
देखले बानी तहराके
अपनो से ज़्यादा आपन
लागेलू तू हमराके…
(१)
याद नईखे नंउवा तबो
याद नईखे गंउवा तबो
बुझाला ई हमके बाकिर
मिलल बानी तहसे कबो…
(२)
या तअ कवनो सपनवा के
या फिर पिछला जनमवा के
शायद रिश्ता बा हमनी के
ई सात हो वचनवा के…
(३)
तूहूं तअ कुछ बोलअ तनी
राज आपन खोलअ तनी
निकल के फोटोउवा से
साथ हमरा होलअ तनी…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#शायरी #तनहाई #रोमांटिक #सिनेमा
#Bhojpuri #lyricist #love #lyrics
#bollywood #poetry #गीतकार
#भोजपुरी #फिल्म #कवि #प्यार #पुनर्जन्म