सगरी तिउहार
डेग डेग पर पसरल बाटे केतना संस्कार
हमरे देसवा में दुनिया के सगरी तिउहार
नागपचैया पर सांपन के दूध पियावल जाला
रक्षाबन्धन में भइया के राखी बान्हल जाला
राम,कृष्ण,गौतम बनि के इसवर लेलें अवतार
हमरे देसवा में दुनिया के सगरी तिउहार
ईदि कबो नवरात दसहरा से मिलि के बतियावे
कबो मोहर्रम अउर दियारी-बाती संघवें आवे
सुरुजदेव आ छठि मइया के किरपा झारे झार
हमरे देसवा में दुनिया के सगरी तिउहार
क्रिसमस में सन्ता कलाज के राहि अगोरीं हमहूँ
होरी के हुरदंग में केहू माख करे ना कबहूँ
खिचड़ी,बइसाखी,सतुआ के आपन अलग बहार
हमरे देसवा में दुनिया के सगरी तिउहार
जैन,पारसी,बौध,यहूदी जेतना धरम सुनाला
सबके तिउहारन के मिलि जुलि खूब मनावल जाला
बनल रहे अइसे ‘असीम’ ई आपन घर-संसार
हमरे देसवा में दुनिया के सगरी तिउहार
— शैलेन्द्र ‘असीम’