विवश बिहारी शिक्षक
काहें के बहाली कइले ए सरकार,
खरबो गइल, बढिको गइल
दुनों में भईल तक़रार
काहें के……
इजतियो गइल, पईसो गइल
बिखरल घर- परिवार
काहें के….
टेट अईलन ,एसटेट अइलन
सर्टीफिकेट वाला कइलन भरमार
काहें के …..
सबके मिले सब सुविधा और मिले भाता
अल्प वेतन में मास्टर ,कइसे होइहें गुलजार
काहें के….
रोजे होखे हड़ताल, रोजे होखे तालाबंदी
एही में आगे बाटे बिहार
काहें के…
अउर स्टेट में होता स्थाई बहाली, बढ़िया मिले वेतन
तू काहें नियोजन कइल नीकु कुमार
काहें के …..
देश- विदेश में शिक्षक के मिले मान सम्मान
लेकिन तोहार हड़तधर्मिता से बिगड़ल इज्जत (शिक्षक के)हमार
अब हड़ताल जरूरी बा,तालाबन्दी मजबूरी बा
काहें की शिक्षामित्र , नियोजित के बहुत भइल तिरस्कार
काहें के बहाली कइले ए सरकार……