राजा नंगा बा
राजा इहां के
नंगा बा
बाकी सब कुछ
चंगा बा…
अदालत बा
खाली नाम के
मीडिया ना
कवनो काम के
खाकी में घूमत
गुंडा बा
बाकी सब कुछ
चंगा बा…
आम जनता में
हाहाकार
बात-बात पर
अत्याचार
जात-धरम के
दंगा बा
बाकी सब कुछ
चंगा बा…
अमीरका से
विज्ञान तअ
तकनीकी मांगे
जापान से
ले जाता
देश के अपना
रस्ता पर
पाकिस्तान के
ई अंतरराष्ट्रीय
भीखमंगा बा
बाकी सब कुछ
चंगा बा…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#CoronavirusOutbreak
#FarmersProtest