भोजपुरी गीत प्रथम प्रयास
सजनवा छोड़ गइल परदेश।
करेजवा में लागल बा ठेस।
प्यार का रोग दिल में लगाइल।
ब्याह तोहरा से हमनी रचाइल।
प्यार करके तोहसे सजनवा,
जिंदगी अपनी दुख में बिताइल।
भेजा कउनौ नही संदेश।
सजनवा छोड़ गइल परदेश।
करेजवा में लागल बा ठेस।
मन को कईसे बंधाईब धीर।
दिल में लागल विरह का तीर।
हमसे भईल कवन खता जो,
देहला हमका तू अईसन पीर।
रो रोकर हुआ बुरा भेष।
सजनवा छोड़ गइल परदेश।
करेजवा में लागल बा ठेस।
प्यार के सपने काहे देखवलू।
ख्वाब में हमका काहे सतवलू।
छोड़के हमका जाना था तोह का,
दिल काहे के हमसे लगवलू।
दिल में लगाकर विरह कलेश।
सजनवा छोड़ गइल परदेश।
करेजवा में लागल बा ठेस।
अभिनव मिश्र अदम्य
शाहजहांपुर, उ.प्र.
आज कुछ बिशेष मित्र लोगन क आग्रह पर हमऊँ भोजपुरी बिरह गीत लिखे क कोशिस करत बानी इहे आशा से की आप सभे लोगन के पसंद आई, चुकी हई हमार प्रथम प्रयास बा ओहि से आप लोगन से करजोर विनती बा की अगर कउनो त्रुटि होई त ओके हमार संज्ञान में जरूर डालब जा…..??