बिना मोबाइल रिचार्ज के हो जाली बोर
आधी रात ले जागेली उठे नाही भोर,
बिना मोबाइल रिचार्ज के हो जाली बोर।
नल , सिल -बट्टा नाही चला वेली,
बाल्टी भरल पानी नाही उठा वेली,
मिक्सर, मोटर चलाके भइली कामचोर,
बिना मोबाइल रिचार्ज के हो जाली बोर।
वाशिंग मशीन में कपड़ा सुखा वेली
छत पर चढ़ला के दुख बतियावेली
गेहूं तैयार कइला पर झगड़ा घनघोर
बिना मोबाइल रिचार्ज के हो जाली बोर
गर्मी से गइली कुलर के हवा में
तबले जले लागल रोटी तवा में
घरवा में सब केहू करे लागल शोर
बिना मोबाइल रिचार्ज के हो जाली बोर
अंग्रेजी में कहेली हाउ डू यू डू
घर के लोगवा पूछे का कहेलू तू
हरदम खोजत फिरे ली झगरा के ओर
बिना मोबाइल रिचार्ज के हो जाली बोर
नूर फातिमा खातून नूरी
जिला कुशीनगर
उत्तर प्रदेश