प्रेम जोगन मीरा
ताना मारे उनके
अब तअ
चाहे जेतना दुनिया
बाकिर हो गइली
मीरा प्रेम के
जोगिनिया…
(१)
अपना मस्ती
में उनके
नाचत-गावत
देखके
सास कहेली
कुलटा
ननद पगलिनिया
बाकिर हो गइली
मीरा प्रेम के
जोगिनिया…
(२)
जात-धरम
औरी कुल के
नांवे ना
डूबो कहीं
भसूर भेजेले
ज़हर
देवर नागिनिया
बाकिर हो गइली
मीरा प्रेम के
जोगिनिया…
(३)
रोक-टोक से
तंग आके
छोड़ली जब
ऊ घर-बार
उनके मारे
खातिर आईल
पलटनिया
बाकिर हो गइली
मीरा प्रेम के
जोगिनिया…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#परीकथा #प्रियप्रवास #गीत
#प्रेमी #गमन #परदेशी #कृष्ण
#टीस #दर्द #meera #radha