पाइप लागल बाटे बाकिर…
पाइप लागल बाटे बाकिर टूटल मिले खड़ंजा
कहीं ठेस लागेला कतहीं पड़े कुंड में पंजा
छुर-छुर-छुर-छुर सड़की पर बा फेंकत कतहीं पानी
केहू बूझे वाला नइखे गाँवन के परसानी
कहीं ईंट के ढेरी लागल कहीं बंद बा नाका
कहीं पाँक से भऽरल बाटे भच-भच करे चाका
गाड़िन के कीचड़ फेंकला से का बतलाईं भाई
पढ़वइअन के जूते ले ना भींजेला अब टाई
कगरी-कगरी उबड़-खाबड़ बीचे बजके नाला
आइल गइल छोड़ले बालो बहनोई आ साला
केहू सूने वाला नइखे संकट बाटे भारी
मर्द गिरेला पनडोहा में आ नारी में नारी
काम त होता अइसे जइसे भऽरल जा बेगारी
रिश्वत अउर कमीशन के बा खेल अभिन ले जारी
नीचे से ऊपर ले सभे लूटे पारा-पारी
हाल न पूछे आवे केहू नेता भा अधिकारी
– आकाश महेशपुरी
दिनांक- 12-07-2024