जिनिगिया के बाती
जिनिगिया के बाती जोगवला में का बा
जरवला में का बा, बुतवला में का बा
न हमरा बदे जब पिरितिया के पाती
बिकाइल तोहार ई सनेहिया के थाती
नजरिया से पागल बनवला में का बा
जरवला में………
इ नवका जमाना के असली रसम ह
भुलाई न केहू ई मन के भरम ह
पुरनकी बखरिया बचवला में का बा
जरवला में………..
नयनवें में रतिया बिरतिया कटाइल
निनरिया निनर बनवें में अझुराइल
सपनवा ‘असीम’ अब सजवला में का बा
जरवला में…………..
© शैलेन्द्र ‘असीम’