जातीय बंधन
भोजपुरी अनुवाद –
अनुवादक-संतोष पटेल
जातीय बन्धन
हम सुनत रहिलें
अक्सर लोगन से
कि जाति के बन्हन
ढीला हो गईल बा
बाकिर हमरा शहर में
हर जाति
हर चौंक पर
कर लेले बा क़ब्ज़ा
हर धर्मशाला में
बना लेले बा
आपन निवास
हर मौहल्ला के
दे देले बा आपन नाम
जाति के नाम प
संस्था सभ
संघर्ष कर रहल बाड़ी सन
आपन दबदबा
कायम राखे खातिर
हमरा लगेगा
जाति व्यवस्था
आउर हो गईल बा मजबूत।
-विनोद सिल्ला