आवारा
आवारा बानी तअ
आवारा सही
नाकारा बानी तअ
नाकारा सही
हम नजरी में तहरा
ऐ दुनिया अगर
चांदमारा बानी तअ
चांदमारा सही…
(१)
ख़ुश होके हमके
का दे दी केहू
गुस्सा होके हमसे
का ले ली केहू
ना पावे के लालच
ना खोवे के डर
बेचारा बानी तअ
बेचारा सही…
(२)
आज इहां बानी
तअ काल्ह उहां
परसो ना जाने
रहेब हम कहां
हमार कवनो ठौर
ठिकाना नाहीं
बंजारा बानी तअ
बंजारा सही…
(३)
ना आपन केहू
ना केहू गैर
केहू से नइखे
यारी या वैर
आकाश से टूटल
गर्दिश में अटकल
सितारा बानी तअ
सितारा सही…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#शायर #कवि #आशिक #टीस #दर्द
#प्रेमी #भोजपुरी #गीतकार #कसक
#मैं_शायर_बदनाम #बेरोजगार #हूक
#गरीबी #संघर्ष #गुमनाम #असफल