आपन गीत गा लीहल जाव
चाहे केतनो मसीहा आवस
लोग के मरल कम ना होई!
कवनो तारा के टूट गईला से
आंख गगन के नम ना होई!!
दिल के साज टूटे से पहिले
गीत प्यार के गा लअ, साथी!
अईसन दिन ना आई कहियो
जब दुनिया में ग़म न होई!!
#Geetkar #भोजपुरी_गीतकार #lyricist
#LOVE #life #जिंदगी #मौत #शायरी #हम