आख़िरी ख़त
आखिरी गीत
तनी आपन
सुना तअ लीं हम पहिले
हमरा साथे
जवन गुजरल
बता तअ लीं हम पहिले…
(१)
हमरा कविता से
कबो उनके
बहुते लगाव रहे
ख़ून के आंसू
कागज़ पर
बहा तअ लीं हम पहिले…
(२)
हमरा क़िस्मत में
प्यार उनकर
लिखाइले ना रहे
एतना विश्वास
अपना के
दिला तअ लीं हम पहिले…
(३)
अइसन जिंदगानी
दोसर मिलल
होई केकरा
अपना हाथे
चिता आपन
सजा तअ लीं हम पहिले…
(४)
ऊ कहले रहली
बिना तोहरा
हम जी ना पाएब
उनका वादा के
लाज अपने
निभा तअ लीं हम पहिले…
(५)
सोना-चांदी के
बदला में
बेचाला दिल जंहवा
अइसन दुनिया से
मोह बाकी
छुड़ा तअ लीं हम पहिले…
(६)
अब चल जाएब
उनका से
दूर हमेशा खातिर
लेकिन सगरी
निशानी आपन
मेटा तअ लीं हम पहिले…
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#आखिरी_खत #खुदकुशी_से_पहले
#शायर_की_मौत #बेरोजगार #कवि
#गरीब #नाकाम #बदनाम #असफल
#गीतकार #शायर #कवि_की_मृत्यु
#पलायन #गमन #फरार #गुमनाम
#lyricist #bollywood #poetry