अपना बेरीया लागेली भागे
खायें में,लेवे में रहेली आगे
अपना बेरीया लागेली भागे
सामान चोरा के रखेली
सर जाला तब फेकेली
पैसा धरे ली दाब के
पतोह से ले ली हाब के
चाई के तरे लागेली ताके
अपना बेरीया लागेली भागे
पौष्टिक लड्डू बड़ा खइली
लोटा थरिया पर अइ ली
हयी त चौथी मेहरारू
सौतिन के मर ली झाड़ू
बाजार के झोरा में झांकें
अपना बेरीया लागेली भागे
छठियार में सीधरी खियावे ली
दुनिया भर के नौटंकी बतियावे ली
आधा जग पानी शौचालय में ले के जाली
हयी देहचोर दुनिया भर के बसाली
पतोहन के दुवारी पर ढूका लागे
अपना बेरीया लागेली भागे
पतोह के करें ली बड़ी गजन
पाप चढ़े तो सुने ली भजन
अलगा होंखे के बेटी के चढ़ावे ली
बात बात पर पतोह के सतावे ली
दूसरा के कमाई लागे ली चाभे
अपना बेरीया लागेली भागे
बारहे बरीश पर बूढ पर दिवाना
टिफिन में होटल से मंगावे खाना
कुछ के न लूर ना सहूर बाटे
शक्ल जैसे की धतूर बाटे
बात बात पर पैसा मांगे
अपना बेरीया लागेली भागे
नूर फातिमा खातून” नूरी”
जिला -कुशीनगर
उत्तर प्रदेश
(बदतमीज सासो को समर्पित)