Sahityapedia
Login Create Account
Home
Search
Dashboard
Notifications
Settings
6 Apr 2023 · 1 min read

मउगी चला देले कुछउ उठा के

मउगी त मरदे में खोजे खराबी
एतने ह कमी कि हउवे शराबी

खेलेला जुआ भा तास सुरिया के
गहना ले बेचि देला मीट भात खा के

कहेला चिंता का करेलू रानी
समस्या के जर हम बटले नू बानी

बीघा भर बापे से मिलल बा खेती
हम नाहीं बेचेब त बोलऽ के बेची

जरे के बटले बा चिता पर जा के
का होई रात-दिन रुपिया कमा के

मरदा के सुन उपदेश, अगुता के
मउगी चला देले कुछउ उठा के

कुछउ ना मिले त कूँची से मारे
मरदो ना कम हवे झोंटा उँखारे

जीते ना मउगी त हबके ले दाँते
भागेला मरदा तब दुअरा चिल्लाते

खिसिन में लागेला खटिया उलाटे
बीतल पुरान बाति सगरी उपाटे

कटले ह दाँते आ दिहले ह गारी
इहे सिखऽवले बा बाप महतारी

करम जरल जहिये जिनिगी में अइले
भइनी बिलार हम बाघिन ते भइले

रात दिन हमसे गुलामी करऽवले
कहियो ना हीक भर दारू पिअवले

पहिले के रात रँग आपन देखऽवले
पलँग से धाका तें दे के गिरऽवले

मरदा के बात जब नाहीं रोकाला
मउगी से चार बाँस अउरी ठोकाला

मुश्किल बा येकनी के झगड़ा छोड़ावल
जइसे कि बियल में हाँथी घुसावल

बिहाने से दूनू ई लागे सन लड़े
खइले बिना लइका चल देला पढ़े

जे रहित रहन तब मरदा पुजाइत
लइका इस्कूले उपासे ना जाइत

दारू आ जुआ से दूरी बनाइत
मउगी से इज्जत उ काहें ना पाइत

हम येही से घरवा में इज्जत से बानीं
कि दारू आ जुआ के लगे ना जानीं

– आकाश महेशपुरी
दिनांक- 02/04/2023

2 Likes · 2 Comments · 312 Views
📢 Stay Updated with Sahityapedia!
Follow our official WhatsApp Channel to receive all the major updates from Sahityapedia directly on your phone.
Books from आकाश महेशपुरी
View all
You may also like:
*** वीरता
*** वीरता
Prabhavari Jha
आत्मज्ञान
आत्मज्ञान
Shyam Sundar Subramanian
अंतर्द्वंद्व
अंतर्द्वंद्व
मनोज कर्ण
पूज्य हीरा बा के देवलोकगमन पर
पूज्य हीरा बा के देवलोकगमन पर
सुरेश कुमार चतुर्वेदी
💐संसारस्य प्राप्ति: अप्राप्तस्य प्राप्ति:💐
💐संसारस्य प्राप्ति: अप्राप्तस्य प्राप्ति:💐
शिवाभिषेक: 'आनन्द'(अभिषेक पाराशर)
वो आवाज
वो आवाज
Mahendra Rai
दिल तड़फ रहा हैं तुमसे बात करने को
दिल तड़फ रहा हैं तुमसे बात करने को
Krishan Singh
✍️हार और जित✍️
✍️हार और जित✍️
'अशांत' शेखर
बावरी
बावरी
पंकज पाण्डेय सावर्ण्य
उसका हर झूठ सनद है, हद है
उसका हर झूठ सनद है, हद है
Anis Shah
2499.पूर्णिका
2499.पूर्णिका
Dr.Khedu Bharti
मम्मी म़ुझको दुलरा जाओ..
मम्मी म़ुझको दुलरा जाओ..
Rashmi Sanjay
Heart Wishes For The Wave.
Heart Wishes For The Wave.
Manisha Manjari
"भीमसार"
Dushyant Kumar
कुछ कहना है..
कुछ कहना है..
Vaishnavi Gupta (Vaishu)
'आप ' से ज़ब तुम, तड़ाक,  तूँ  है
'आप ' से ज़ब तुम, तड़ाक, तूँ है
सिद्धार्थ गोरखपुरी
दूषित न कर वसुंधरा को
दूषित न कर वसुंधरा को
goutam shaw
अब तक नहीं मिला है ये मेरी खता नहीं।
अब तक नहीं मिला है ये मेरी खता नहीं।
सत्य कुमार प्रेमी
विछोह के पल
विछोह के पल
नंदलाल मणि त्रिपाठी पीताम्बर
*!* दिल तो बच्चा है जी *!*
*!* दिल तो बच्चा है जी *!*
Arise DGRJ (Khaimsingh Saini)
शिमले दी राहें
शिमले दी राहें
Satish Srijan
"काश हम"
Ankita
फूल से आशिकी का हुनर सीख ले
फूल से आशिकी का हुनर सीख ले
Surinder blackpen
■ मेरे विचार से...
■ मेरे विचार से...
*Author प्रणय प्रभात*
"मेरे पापा "
Usha Sharma
चंदू और बकरी चाँदनी
चंदू और बकरी चाँदनी
अनिल कुमार गुप्ता 'अंजुम'
लेखनी चले कलमकार की
लेखनी चले कलमकार की
Harminder Kaur
किसी शायर का ख़्वाब
किसी शायर का ख़्वाब
Shekhar Chandra Mitra
नए पुराने रूटीन के याचक
नए पुराने रूटीन के याचक
Dr MusafiR BaithA
महाराणा प्रताप
महाराणा प्रताप
डॉ प्रवीण कुमार श्रीवास्तव, प्रेम
Loading...