Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
5 Jul 2022 · 1 min read

नौकरिया ना मिलल

कवना काम के बा
ई डिगिरिया
हमके नौकरिया ना मिलल
हमार बढ़ले जाता
अब उमरिया
हमके नौकरिया ना मिलल
रात-दिन सतावे
इहे फिकिरिया
हमके नौकरिया ना मिलल
मनवा में आवे
खाईं जहरिया
हमके नौकरिया ना मिलल
मुसकिल भईल
चलल डगरिया
हमके नौकरिया ना मिलल
#Geetkar
Shekhar Chandra Mitra
#job #students #youth
#नौकरी #बेरोजगार #युवा

Loading...