Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
5 Jul 2021 · 1 min read

बनि के आपन निरास कर देला

बनि के आपन निरास कर देला
■■■■■■■■■■■■■■
बनि के आपन निरास कर देला
हद से ज्यादा उदास कर देला

हम त मिल-जुल के बस रहीं लेकिन
ऊ त लफड़ा पचास कर देला

जहिया बेंचेला हार सोना के
खाली सगरी गिलास कर देला

तास दारू मजा त दे ताटे
बाकी घर के विनास कर देला

दूर हरदम ग़ुरूर से रऽहऽ
ई त मालिक से दास कर देला

काँहें “आकाश” आज दुनिया में
घात आपन ही खास कर देला

– आकाश महेशपुरी
दिनांक- 07/07/2020

Loading...