Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
18 Dec 2020 · 1 min read

भोजपुरी रैप.....

ऐ साहेब… हमरो एक सवाल बा,
तुहीं कहेल$ न$..
अन्न उगाई हाड़ तोड़ के,
पेट सबकन के भरिले,
रात दिन ना परवाह करिले,
मेहनत मंजूरी करिले,
ऐ साहेब…. सुन$तानी,
ना आतंकी, ना खालिस्तानी ना देश के गद्दार हइ,
खून जला के धान उगावे अइसन सीधा साधा परिवार हइ,
त फिर काहे….
त फिर सब काहे बोलत बा क़ी देश के गुनाहगार हइ,
आपन हक़ ना ले सके इतना भी ना लाचार हइ,
ए हाकिम लोग…. बुरा मत मानी पर……
जब गेहूं काट के आविले त अंग अंग सब टुटेला,
बुतरू लोग के भरपेट भी दाल भात ना जुटेला,
जब दाल भात के बात पूछीं त एतना काहे बवाल बा,
ऐ साहेब….ए हाकिम लोग…. ए बड़का बाबू
हमरो एक सवाल बा……हमरो एक सवाल बा
सुनब$…. की हम जाई… उहें दिल्ली….
सुन$तानी आंदोलन होता।।।

….rana….©

Loading...