Sahityapedia
Sign in
Home
Your Posts
QuoteWriter
Account
17 Nov 2020 · 1 min read

" नैना से नैना "

“नैना से नैना”
***********************

जबसे नैना से नैना मिला ले ले बाडू
का कही दिल में सरगम बजा दे ले बाड़ू
खुद से बेगाना भईली हम का कही
जबसे मिलके तू दिल के चुरा ले ले बाड़ू
का कही दिल में सरगम बजा दे ले बाड़ू!

पहिला मिलन में तू बतिया बढ़ईलू
बाली उमर में ई कईसन रोग धरईलू
जिंनगी में हमरा आईल बाड़ू जबसे
प्रीत के रंग गहरा चढ़ा देले बाड़ू
का कही दिल में सरगम बजा दे ले बाड़ू!

दिल के सुतल अरमां जगा देले बाड़ू
का कहीं हम के पागल बना देले बाड़ू
तोहरे पे सउसे जवानी लुटा देले रानी
दिल के धड़कन में अगिया लगा देले बाड़ू
का कही दिल में सरगम बजा दे ले बाड़ू!

***** सत्येंद्र प्रसाद साह (सत्येंद्र बिहारी)*****

Loading...