हास्यगीत – ओनु लुलुआ के
होरी आईल औऱ मन हरषाइल
डांस होइ अब खोलुआ के
अबके बार मजा बा भईया
बित्ता -बित्ता ओनु लुलुआ के
लागत बा ई खुटमुरियो
गुड़भाँग के गोली खइले बा
हर बात में भईया रहि -रहि के
बप्ला रे बाला……कइले बा
वैसे त माहौल बनल बा
घर घर में अब फगुआ के
अबके बार मजा बा भईया
बित्ता -बित्ता ओनु लुलुआ के
ओनु लुलुआ के मित्र महोखन
परदेश कमा के आइल बाटे
पहेन्ट शरट के सगरो टेंटियाँ
रत्ती – रत्ती गरमाईल बाटे
लाॉरड मैकाले के दई कै पैसा
फ्री करइहैं सोहन हलुआ के
अबके बार मजा बा भईया
बित्ता -बित्ता ओनु लुलुआ के
होनु लूलू अब कहत जमाना
ओनु लुलु के बजत बा डंका
लोमहर्षक माहौल बनल बा
इहमें बा तनिको न शंका
खपत लागत बा बलभर होइ
सरल औ किन्वित रस महुआ के
अबके बार मजा बा भईया
बित्ता -बित्ता ओनु लुलुआ के
-सिद्धार्थ गोरखपुरी