सास खोल देहली फाइल
बात हमरा ना समझ आइल
सास खोल देहली फाइल
कहेली बहुत कामचोर हीय
साढ़िन, औरी मुंहजोर हिय
गरीब समझ के उठवनी हम
शादी में रूपया लगवनी हम
इ सब बतिया ना भुलाइल
सास खोल देहली फाइल
ननद कहेली हिय डाइन
देवर कहेले बड़की चाइन
जेठ कह देहले झगरआइन
भुला गइनी भरे के पी नाइन
बीआरसी से फोन आइल
सास खोल देहली फाइल ।
हरदम बेवकूफ बनावेली
रोज भला- बुरा सुनावेली
घर में रोज झगरा लगावेली
मगरमच्छ के आंसू बहावेली
जरला पर दागेली मिशाइल
सास खोल देहली फाइल
नूर फातिमा खातून नूरी
जिला -कुशीनगर
उत्तर प्रदेश